‘भऊजी नम्बर वन’ के एंकर बनलें विनय आनन्द

VinayAnandसिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद अब महुआ चैनल के लोकप्रिय शो ‘भऊजी नम्बर वन’ के एंकरिंग करीहें. विनय आनन्द एहसे पहिले चर्चित शो ‘गृह लक्ष्मी’ ओ के एंकरिंग कइले रहलें आ शो सफलता के परचम लहरवले रहुवे.

विश्वामित्र इंडिया परिवार के स्पांसर्ड शो ‘भऊजी नम्बर वन’ सीजन-5 खातिर विनय आनंद बहुते उत्साहित बाड़न. कहलें कि शो उनुका पसंद रहल से एकर बने खातिर तुरते हँ कह दिहलन.

एह शो के फार्मेट का हिसाब से विनय आनंद कई एक शहरन में जइहें आ ओहिजा के गृहिणियन के एह शो खातिर नेवतिहें.

एह साल विनय आनंद के पूरा एक दर्जन फिलिमो रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. एहमें ‘हमरे नामे जिला हिलेला’, ‘एलान-ए-जंग’, ‘कजरा मोहब्बतवाला’, ‘तुलसी बिन सूना अंगनवा हमार’, ‘दामाद चाहीं फोकट में’, ‘दबंग दामाद’, ‘विनय भईया कईलस कमाल’, ‘काली’, ‘लक्ष्मण रेखा’, ‘दंगल’ ‘गुलाब थियेटर’ आ ‘चुनरी संभाल गोरी’ जइसन फिलिम बाड़ी सँ.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।