‘जीना तेरी गली में’ शानदार बिजनेस कइलसि

jeena-teri-gali-me-posterभोजपुरी के सबले सफल सफल निर्माता-निर्देशक राजकुमार आर० पाण्डेय के हालिया प्रदर्शित फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ पूरा बिहार आ झारखंड में शानदार बिजनेस बटोरलसि. नौजवान सितारा प्रदीप पाण्डेय ‘चिंटू’ के देखे ला सिनेमाघरन पर नवहियन आ औरतन के भारी भीड़ उमड़त बा. एह टीनएज लव स्टोरी के सभे पसंद करत बा. पिछला छह महीना से मंदी के मार झेलत सिनेमाघर एह फिलिम के कलेक्शन से राहत महसूस कइले बाड़ें.

जाने जोग का बा कि एहसे पहिले के आखिरी हिट फिलिम राजकुमारे पाण्डेय के ‘नागिन’ रहल. राजकुमार पाण्डेय अपना फिलिम के सफलता से गदगद बाड़ें.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।