संजरपुर फेर खबरन में बा दिग्विजय जी !

बटाला हाउस काण्ड का बाद कांग्रेस महासचिव दिग्विजय सिंह संजरपुर जा के आतंकवादी होखे के आरोपियन का घरे गइलन आ ओकनी के परिवार वालन के भरोसा दिलवन कि देश के कानून का हिसाब से ओह लोगन के बचावे के पूरा कोशिश करीहें. अब आजमगढ़ के संजरपुर फेर खबरन में जहाँ से कुछ आतंकियन के नाम जारी कर के ओकनी केगिरफ्तारी करे के कहल गइल बा. बनारस बम विस्फोट का बाद ३१ गो आतंकियन पर संदेह कइल जा रहल बा जवना में से मुलायम के दुलरुआ सिमि के कुछ सदस्य शामिल बाड़े. आजमगढ़ के आतंकियन के नाम बा शाहनवाज आलम, सर्फुद्दीन दिलदार, अबू रशीद, असादुल्लाह, अरीज खान, मिर्जा शाहबाद बेग, मो॰ साजिद, आ मो॰ खालिद.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।