जल्दिये रउरा सोझा आवे वाला बा लोफर

भोजपुरी के सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ मोनालिसा आ पाखी हेगडे का साथ फिल्म लोफर में रउरा सोझा आवे वाला बाड़न. एह फिल्म में उनकर दमदार एक्शन, कामेडी, आ रोमांस सबका के सिनेमा हाल में खींच ले आई, अइसनका दावा फिल्म के निर्मात्री मोनिका सिन्हा के बा.
Monalisa with Nirahua in Lofar
रविसिन्हा के निर्देशन में बनल भोजपुरी फिल्म लोफर के शूटिंग पिछला दिने सिलवासा में पूरा हो गइल. आज के सिनेमाई रुटीन से फरका एह फिल्म में गाँव जवार के बात कहल गइल बा. फिल्म में निरहुआ के डबल रोल बा. एक से बढ़ के एक बढ़िया गाना आ धांसू एक्शन से भरपूर एह फिल्म के कहानी अइसन बा कि हर दर्शक चँउक जाई.

अपूर्वा फिल्म्स कंबाइन आ संजय सिन्हा के प्रस्तुति वाली एह फिल्म के निर्माण अक्षत फिल्म्स इंटरनेशनल का बैनर में मोनिका सिन्हा कइले बाड़ी. गीत विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव कवि, आ श्याम देहाती के बा जवना के संगीत राजेश रजनीश दिहले बाड़न. बीस साल पहिले बनल लोफर में धर्मेन्द्र के किरदार अतना नीक लागल रहे लोगन के कि ओकरा बाद अनिल कपूर, मिथुन चक्रवर्ती समेत कई लोग लोफर बन के आइल. अब दिनेशोलाल लोफर बन के आ रहल बाड़े. कहल जा रहल बा कि मोनिका सिन्हा, रवि सिन्हा, निरहुआ, पाखी आ मोनालिसा के मेहनत के रंग अइसन निखरी कि ई फिल्म सफलता के एगो नया रिकार्ड बना दीहि.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।