मृत्युंजय में मोनालिसा के आयटम डांस
-

भोजपुरी के चर्चित अदाकारा मोनालिसा प्रवेश सिप्पी के बनावल भोजपुरी फिल्म मृत्युंजय में पहिलका बेर आयटम डांस कइले बाड़ी. फिल्मिस्तान स्टूडियो के फ्लोर नं ५ पर लगावल शानदार सेट पर एह आयटम डांस के शूट कइल गइल. एही सेट पर एश्वर्या राय, माधुरी दीक्षित, शिल्पा शेट्टी समेत बहुते अदाकारा डांस प्रस्तुत कर चुकल बाड़ी. खास बात बा कि एह सेट पर पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म के शूटिंग भइल.
Monalisa as an Item dancer in Mrityunjay
नृत्यनिर्देशक कानू मुखर्जी के कोरियोग्राफ कइल एह डांस में मोनालिसा के संगत देबे खातिर डेढ़ सौ डांसरन के लगावल गइल रहे. एह मौका पर मोनालिसा के बधाई देबे खातिर फिल्म के मुख्य नायिका रिंकू घोष सिलवासा में चल रहल आपन दोसरा फिल्म के शूटिंग छोड़ के चहुँपल रही. संजोग से ओहि दिन फिल्म के निर्माता प्रवेश सिप्पी के जनमोदिन रहुवे, से उनकरो बर्थडे केक सेट पर काटल गइल. ताली का गड़गड़ाहट का बीच प्रवेश सिप्पी केक के पहिला टुकड़ा निर्देशक जगदीश शर्मा के आ दुसरा टुकड़ा फिल्म के खलनायक संजय पाण्डे के खिअवलन. रिंकू आ मोनालिसा त पुरा केके प्रवेश सिप्पी का चेहरा पर रगड दिहल लोग.

मृत्युंजय में दिनेशलाल यादव आ रिंकू घोष मुख्य भूमिका में बा लोग.साथ में बाड़े मनोज टाइगर, संजय पाण्डे, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय वगैरह कलाकार. गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के लिखल बा आ संगीत धनंजय मिश्रा दिहलें बाड़ें. लाइन प्रोड्यूसर आशीष गुप्ता हउवें. कथा पटकथा नईम एजाज आ जगदीश शर्मा के ह आ संवाद लिखले बाड़ें सुरेन्द्र मिश्रा. एक्शन राम शेट्टी के, डांस रिक्की गुप्ता आ तेजस दत्तानी के, आ कैमरा संचालन राजू के जी के बा. प्रोडक्शन डिजायन सागर शुक्ला के बा.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts