मालिनी अवस्थी के मिलल कलाश्री सम्मान

पिछला दिने आगरा में आयोजित राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में भोजपुरी आ अवधी के मशहूर गायिका मालिनी अवस्थी के गायन का क्षेत्र में विशिष्ट योगदान खातिर कलाश्री सम्मान से सम्मानित कइल गइल. एह सम्मान स्वरुप मालिनी जी के स्मृति चिह्न, अंग वस्त्र, सम्मान पत्र का साथे ३१ हजार रुपया नगदो दिहल गइल.

Malini Awasthi being honored at Bhojpuri Sammelan, Agra

सम्मेलन में लोकरंग के छटा बिखेरे पहुंचल कलाकारन में तीजन बाई, गायक मनोज तिवारी, बिरहा गायक राम कैलाश यादव आ कजरी गायिका उर्मिला श्रीवास्तव शामिल रहली. सम्मानित भइला का बाद मालिनी अवस्थी कहली, हम अपना अग्रजन से आशीर्वाद माँगत बानी कि जब ले साँस रहे तब ले भोजपुरी भाषा के नाम आ उत्थान खातिर आपन सबकुछ समर्पित करत रहीं. एह माटी के उत्थान बदे जब ले साँस चलत रही तब ले कबहू पाछा ना हटब. हम अवध के बेटी कन्नौज में जनमल, कबो ना सोचले रहीं कि भोजपुरी यानि कि पूरब में हमार नाम होखी.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।