Aamir Khan penalised for wrongly protraying Mangal Pandey

A court at Ballia has fined Rs.500/- each on Aamir Khan, Rani Mukherjee, Ketan Mehta, Bobby Bedi, and also the then chairman of the Censor Board as the film “Mangal Pandey” showed vulgar scenes and denigrated Mangal Pandey. Santosh Pandey and Yadunath Pandey of Bandhuchak Nagwa had filed a case against the film and the court has fined this amount on the accused.

बलिया के एगो अदालत मंगल पाण्डेय पर फिल्म बनावे वाला निर्माता बाबी बेदी, निर्देशक केतन मेहता, नायक आमिर खान, नायिका रानी मुखर्जी समेत तवना घरी सेंसर बोर्ड के चेयरमैनो पर पाँच पाँच सौ रुपिया के जुर्माना लगा दिहले बिया. ओकरा सामने बलिया के बंधुचक नगवा गाँव के संतोष पाण्डे आ यदुनाथ पाण्डे मुकदमा दर्ज कइले रहुवन कि फिल्म में मंगल पाण्डे के गलत चित्रण कइल गइल बा आ फिल्म में अश्लीलतो देखावल गइल बा. कोर्ट में तारीख पर अब ले केहू हाजिर नइखे भइल जवना का बाद अदालत ई जुर्माना लगा दिहलसि. अगर अगिलो तारीख पर केहू हाजिर ना होखी त एक पक्षीय फैसला दिहल जा सकेला.

0 Comments