लेखक: Editor

जेपी विश्वविद्यालय के 20 आ 21 अगस्त के होखेवाली स्नातक परीक्षा रद

विधानसभा उपचुनाव का चलते जयप्रकाश विश्वविद्यालय 20 आ 21 अगस्त के होखे वाला स्नातक प्रथम खंड के परीक्षा रद क दिहले बावे. अब ई इम्तिहान 3 आ 4 सितम्बर के लिहल जाई. समय आ सेंटर पुरनके...

Read More

बड़हन अभियान चला के मोतिहारी के 89 अपराधी गिरफ्तार

मोतिहारी एसपी का कहला पर पिछला शनिचर का रात मोतिहारी मे बड़हन अभियान चला के डकैती आ धोखाधड़ी का मामिलन मे फरार चलत 89 गो आपराधियन के गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस. एहमे केसरिया से पांच गो, नगर से चार गो, ढाका, छौडादानों, हरसिद्धि, आ...

Read More

कुकुर का चलते एक घंटा ले ट्रेन रुकल रहल

बियफे का रात छपरा जंक्शन पर चंडीगढ़ से डिब्रुगढ़ जाए वाली ट्रेन करीब एक घंटा ले रुकल रहि गइल काहे कि बुक कइल एगो कुकुर गार्ड का चार्ज देत बेरा भाग निकलल रहे. एह बारे मे जानकारी मिलते ओह कुकुर के मालिक, जे आर्मी के अधिकारी रहले,...

Read More

बेतिया शहर मे सड़क बनावे के काम शुरू

बेतिया शहर के टूटल सड़कन के मरम्मति आ बनावे के काम के शुरूआत अतवार का दिने कालीबाग से बुलाकी सिंह चौक का बीच सड़क बनावे के काम मे शिलान्यास क के कइल गइल. शिलान्यास नगर सभापति जनक साह कइलन. बतवलन कि एह सड़क के बनावे मे अठारह लाख...

Read More

पैक्स का मनमानी का खिलाफ बीसीओ आ सीओ के घेर राखल लोग

रोहतास जिला के शिवसागर प्रखंड कार्यालय में पैक्स अध्यक्ष के मनमानी का खिलाफ शनिचर का दिने रायपुर चवर के किसान बीसीओ आ सीओ के घेर लिहले आ एक घंटा ले एहलोग के घेरे रखले. एह लोग के कहना बा कि पैक्स अध्यक्ष मनमानी करत कुछ चुनिदा...

Read More

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..