Election Commission plans live monitoring of Bihar elections

Election Commission of India is planning to closely monitor the upcoming assembly elections in Bihar and other states this year and adequate arrangements are being made for continuous video monotoring of neary 20% booths.

भारत के चुनाव आयोग आवे वाला विधानसभा चुनावन के लगातार निरीक्षण करे खातिर बीस फीसदी चुनाव बूथ पर लगातार वीडियो का मार्फत नजर राखी. एह बदे पूरा तइयारी करे में लागल चुनाव आयोग काल्हु कर्नाटक, अरुणाचल, आ यूपी के पदाधिकारियन का साथे विचार विमर्श कइलसि. एह प्रदेशन में ई काम हो चुकल बा आ अभ ओह अनुभव के फायदा बिहार का विधानसभा में लिहला के तइयारी चल रहल बा. एह काम खातिर ओतने लैपटाप. कैमरा, आ आपरेटरन के जरुरत पड़ी. चुनाव आयोग जानल चाहत बा कि बिहार में बिजली आ उपकरण के उपलब्धता कइसन बा काहेकि ओकरे पर एकर सफलता टिकल बा.

0 Comments