Election scheduled announced for Bihar

Assembly elections in Bihar will be held in six stages from 21st October and will end on 20th November. This was announced by Chief Election Commissioner S.Y.Qureshi.

मुख्य चुनाव आयुक्त एस वाई कुरेशी काल्हु सोमार का दिने बिहार विधानसभा चुनाव के कार्यक्रम के घोषणा कर दिहले. चुनाव एक महीना ले चली आ छह चरण में पूरा होखी. पहिला चरण के चुनाव २१ अक्टूबर के ४७ गो सीट खातिर, २४ अक्टूबर के दूसरा चरण ४५ सीट खातिर, तीसरा चरण के मतदान ४८ सीट खातिर २८ अक्टूबर के, चौथा चरण में ४२ सीट खातिर पहली नवम्बर के, पांचवा चरण के मतदान ३५ सीट खातिर ९ नवम्बर के, आ अंतिम चरण के मतदान २६ सीट खातिर २० नवम्बर के करवावल जाई.
वोट के गिनती २४ नवम्बर के होखी. बिहार विधानसभा में कुल्ह २४३ गो सीट खातिर चुनाव होखी. एक महीना ले पसरल चुनाव त्योहार, सुरक्षा बल के उपलब्धता, आ कानून व्यवस्था बनवले रखला का जरुरत बगैरह देखत हो रहल बा. बांका लोकसभा सीट के उपचुनाव १ली नवम्बर के होखी. चुनाव कार्यक्रम के घोषणा का साथे आचार संहिता व्यवहार में आ गइल बा.
बिहार में कुल साढ़े पाँच करोड़ मतदाता बाड़े.

0 Comments