Jesus was HIV positive

A South African pastor has infuriated the christian by his preaching that Jesus was HIV positive. He says that his duty is to present such image of God who is caring for all irrespective of their behavior and condition.

दक्खिन अफ्रीका के एगो पादरी अपना एगो प्रवचन में ईसा मसीह के एचआईवी पोजिटिव रहला के बाति कहके ईसाई समुदाय के नाराज कर दिहले बाड़न. ओह पादरी के दू गो बहिन हालही में एड्स पीड़ित हो के मर गइली स. पादरी शहर के करीब एक सौ दोसरा नवजवानन का साथे आपनो एचवाईटेस्ट करववलन.
पादरी के कहना बा कि एगो पादरी का रुप में उनकर काम भगवान के ऊ रुप देखावे के होला जवना में ऊ आदमी के ध्यान राखेले आ हमेशा ओह लोग खातिर बढ़िया कइल चाहेले, ना कि ओह भगवान के जे आदमी आदमी में फरक करेला आ खराव आदमी से शर्मिन्दगी महसूस करेला.

0 Comments