अगिला साल से छोटका नौकरियन ला इंटरव्यू ना होखी
-

पीएम मोदी काल्हु अतवार का दिने अपना मन का बात में बतवलन कि पहली जनवरी से छोटका बहालियन में इंटरव्यू के सिस्टम खतम क दीहल जाई. केन्द्र सरकार के लागत बा कि इंटरव्यू का चलते बहाली में बदहाली आ बेईमानी के बोलबाला रहेला जबकि एह पदन खातिर इंटरव्यू के जरूरत ना होखे के चाहीं. सीधे ओह लोग के पिछला इम्तिहान में मिलल नंबर का आधार पर बहाली होखला से गलत तरीका से बहाली होखल बंद हो जाई. बाकिर एह एलान से सबले बेसी परेशान बाड़ें बिहार के महागठबन्हन के नेता. ई लोग चुनाव आयोग से एकर शिकायत करे के बात कहत बा काहे कि एह एलान से बिहार के बेरोजगार मतदाता के आशा जाग जाई रोजगार मिले के.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts