आखिरी रास्ता से निरहुआ के शानदार शुरुआत
-


भोजपुरी सिनेमा के बेताज बादशाह दिनेश लाल यादव निरहुआ एहू साल, बरीस २०११ में, आपन शानदार शुरुआत कर देखवले बाड़न. एह साल का शुरुआत में रिलीज उनकर फिल्म “आखिरी रास्ता” बिहार में मजगर व्यवसाय करत बा. बतावल जात बा कि ३० गो सिनेमा हाल में एके साथ रिलीज भइल फिल्म “आखिरी रास्ता” पहिलके हफ्ता में पचास लाख के कारोबार कर देखवलसि. दर्शक खास कर के निरहुआ के गीत “माल कचकचवा” पर सीटी बजा बजा के सिनेमाहालन के गुंजायमान कर देत बाड़े. सभका ई फिल्म बहुते पसन्द आ रहल बा. एह फिल्म में दिनेश लाल यादव का साथ तीन गो हीरोइन बा वे लोग आ तीनो बड़का. पाखी हेगडे, मोनालिसा, आ रिंकू घोष तीनो के साथ निरहुआ के लाजवाब दृश्य बा आ दर्शक हर सीन के पसन्द कर रहल बाड़े. निरहुआ के एह साल के अगिलका फिल्म रामाकान्त प्रसाद के “दिलजले” रही जवन जल्दिये रिलीज होखे जा रहल बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts