इस्लामी आतंकी रुस के हवाई जहाज गिरावे के दावा कइले
-

इस्लामिक स्टेट नाम के इस्लामी आतंकी संगठन काल्हु दावा कइलसि कि मिस्र के पहाड़ियन में हादसा के शिकार बतावल जात रुसी विमान के ऊहे मार गिरवलसि. ई विमान शर्म अल शेख से सेंट पीटर्सबर्ग खातिर शनिचर के भोर में उड़ान भरलसि आ बीच रास्ता में सिनाई प्रायदाप में एकर मलबा मिलल. एह इलाका में इस्लामिक स्टेट के प्रभुत्व बा. एह विमान पर सवार सगरी 224 लोग मर गइल बा. मलबा का नीचे से निकालल चार लोग ओह बेरा ले जिन्दा रहुवे बाकिर ओहू लोग के मौत थोड़ही देर बाद हो गइल. विमान के ब्लैक बाक्स मिल गइल बा आ एहसे हादसा के असली कारण पता लागे के उमेद बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts