एक लैला तीन छैला, साजन की बाहों में, नगीना, हथकड़ी, जो जीता वही सिकन्दर, दिवानगी हद से
-

१३ जून से देखावल जाई ‘दिवानगी हद से’
DeewangiHudSe-posterमशहूर निर्माता कांतिलाल पी मारू आ निर्देशक दिनेश यादव के दुसरकी भोजपुरी फिलिम ‘दिवानगी हद से’ बिहार मे१३ जून से देखावल जाई. फिलिम के नायक बाड़न एह साल २०१४ के सुपर स्टार राकेश मिश्रा आ बिहार झारखण्ड के वितरक बाड़न डाक्टर सुनील.


‘जो जीता वही सिकंदर’ फिलिम के डबिंग जोर पर बा.
JoJeetaWahiSikanderआदि शक्ती इंटरटेनमेंट के परोसल, ए.एस पिक्चर्स के बैनर में निर्माता अनुज कुमार आ निर्देशक अजय कुमार झा के फिलिम ‘जो जीता वही सिंकदर’ के डबिंग के काम तेजी से चलत बा. मुख्य कलाकारन में खेसारी लाल यादव, प्रियंका पंडित, आ पूनम दूबे के नाम बा. एह फिलिम में अक्षरा सिंह मेहमान कलाकार बाड़ी आ सीमा सिंह अउर ग्लोरी के आयटम बा.


‘हथकड़ी’ के शूटिंग पूरा भइल
Hathakadi-setनिर्मात्री रेखा सिंहा आ निर्देशक रवि सिन्हा के चर्चित भोजपुरी फिलिम ‘हथकड़ी’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा. मुंबई के मड आईलैंड, चाईना क्रीक, फिल्मीस्तान स्टूडियो आ अउरिओ जगहन पर एकर शूटिंग भइल बा. एहमें दिनेश लाल यादव, खेसारी लाल यादव, अजना सिंह, नया आइल अदाकारा स्वप्ना बनर्जी, आ नीरज यादव अहिरा के मुख्य भूमिका बा.


जोर-शोर से शूटिंग शुरू भइल फिलिम ‘नगीना’ के
PradeepPandeyChintuसाईं दीप फिल्म्स के बैनर तर निर्माता निर्देशक राज कुमार आर पाण्डेय के फिलिम ‘नगीना’ के शूटिंग जोर-शोर से शुरू हो गइल बा. एह फिलिम में प्रदीप पाण्डेय चिंटू, काजल रघानी, प्रिया पाण्डेय, सुशील सिंह, गोपाल राय वगैरह मुख्य कलाकारन में शामिल बाड़े.


‘साजन की बाहो में’ फिलिम के पहिला झलक जारी भइल
SajanKiBahonMe-posterआर .एस फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर में निर्माता राजनारायण तिवारी, निर्देशक बलजीत सिंह, सह निर्मात्री रेनुजा सिंह के भोजपुरी फिलिम ‘साजन की बाहो में’ के पहिला झलक जारी हो गइल बा.
एह रोमांटिक लव स्टोरी में मुख्य किरदार आर .एस .तिवारी आ रेनुजा सिंह कइले बाड़न.


निर्माता मुकेश साहनी के फिलिम ‘एक लैला तीन छैला’ के पहिला झलक जारी
EkLailaTeenChhailaस्वस्थ मनोरंजन ला आर.एम.फिल्म्स प्रा.लि. के बैनर में मल्लाह के बेटा निर्माता मुकेश साहनी के बनावल आ अबले के सबले महँग फिलिम ‘एक लैला तीन छैला’ के पहिला झलक पिछला दिने जारी भइल. निर्माता के कहना बा कि एह फिलिम के पूरा परिवार संगे बइठ के देखल जा सकेला. मुख्य भूमिका में रानी चटर्जी, अरविन्द अकेला कल्लू, राकेश मिश्रा, सीमा सिंह, बालेश्वर सिंह आ संजय पाण्डेय बाड़े.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, संजय भूषण पटियाला, रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts