एगो अउर बंगाली बाला आइल भोजपुरी सिनेमा में
-

VaishaliGhosh1
आजु बहुते बंगाली हीरोइन भोजपुरी सिनेमा मे काम करत बाड़ी. अब एहमें एगो नाम अउर जुड़े जात बा वैशाली घोष के.

वैशाली अनेके बंगला धारावाहिकन का अलावा कईएक हिंदीओ धारावाहिकन, जइसे कि ‘तारक मेहता का उल्टा चश्मा’, ‘सावधान इंडिया’, ‘क्राइम पेट्रोल’, ‘ये रिश्ता क्या कहलाता है’ वगैरह में, काम कइले बाड़ी. वैशाली अब जल्दिए एगो बड़ स्टार संगे भोजपुरी फिलिम में नजर आएवाली बाड़ी.

वैशाली घोष कोलकाता के हई जहाँ से साल 2011 में उ माता पिता के आशीर्वाद ले के मुंबई आइल रही फिलिमन में काम करे ला आ अब फिल्मी हीरोइन बने के उनकर सपना जल्दिए पूरा होखे जात बा.

वैशाली घोष थिएटरो में काम कइले बाड़ी आ चैलेंजिंग रोल कइल पसंद करेली. वैशाली चाहत बाड़ी कि भोजपुरी सिनेमा में उनकर नया पहचान बने. भोजपुरी सिनेमा के मोनालिसा आ हिंदी सिनेमा के विद्या बालन अउर प्रियंका चोपड़ा के आपन आदर्श माने वाली वैशाली के मनसा बा कि उनका बढ़िया बढ़िया फिलिम मिले.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts