कमाऊ बेकत के मरला पर तीस हजार के अनुदान
-

जौनपुर के जिला समाज कल्याण अधिकारी दीनानाथ राम आजु बतवलन कि राष्ट्रीय पारिवारिक लाभ योजना के तहत कमाउ बेकत के मरला का बाद ओकरा परिवार के अब तीस हजार रुपिया के सहायता दिहल जाई. पहिले एकर सीमा बीस हजार रुपिया रहुवे.
एक सितम्बर 2013 के जारी शासनादेश में कहल गइल बा कि 19 से 59 साल उमिर के कमाऊ सदस्य के मरला पर ओकरा आश्रितन के तीस हजार रुपिया के सहायता दिहल जाई . 59 से 64 साल उमिर वाला कमाऊ सदस्य के मरला पर ई सहायता बीसे हजार के रही.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts