खाद्य सुरक्षा एक्ट बिहार मे बढ़िया से लागू करावे के बात कइलन नीतीश
-

पटना में पत्रकार सम्मेलन में नीतीश कुमार बतवलन कि बिहार में खाद्य सुरक्षा एक्ट के बढ़िया से लागू कइल जाई आ एहला जरुरी बुनियादी तइयारी शुरू कर दिहल गइल बा. एह काम में चार से छह महीना के समय लाग सकेला. एक्ट लागू करे से पहिले लाभार्थियन के पहचान करा लिहल जाई. बतवलन कि अबहीं सामाजिक. आर्थिक आ जातीय जनगणना के काम होखत बा. एहसे मिलल आंकड़ा का आधार पर खाद्य एक्ट लगावल जाई.बिहार खातिर विशेष दर्जा के माँग दोहरावत नीतीश कहलन कि एह माँग के विरोध करे वाला लोग बिहार के भावना का खिलाफ बा.(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts