गणपति का पूजा में भक्ति भाव में लगले भोजपुरिया सितारा
-

RaviKishan-Ganapatiपिछला दिने फिल्म जगत में महाराष्ट्र के लोक पर्व गणेशोत्सव के धूम मचल रहे आ एहमें हिंदी, मराठी का संगही भोजपुरीओ फिलिम जगत से जुड़ळ लोग श्रद्धा भाव से शामिल भइल. सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन, डांसिंग क्वीन सम्भावना सेठ, हॉट केक अंजना सिंह, संगीता तिवारी, अभिनेत्री अपूर्वा बिष्ट , खलनायक अवधेश मिश्रा, निर्देशक जगदीश शर्मा, राज कुमार पाण्डेय समेत निर्माता उदय सिंह वगैरह अनेके लोग का घरे गणपति बप्पा विराजमान भइलें.

anjana-Ganpati-yashरवि किशन का घरे विराजमान इको फ्रेंडली गणपति ख़ासा आकर्षण के केंद्र बनले. बकौल रवि किशन प्रदुषण कम करे का विचार से ऊ इको फ्रेंडली गणपति बप्पा के पूजा अपना घर में कइले आ विसर्जनप घरेमें कइलें.

अंजना सिंह आ अभिनेता यश मिश्रा अपना घर में पूजा अर्चना कइले बाकिर विसर्जन जुहू तट पर कइले. अंजना सिंह जबसे मुंबई आइल बाड़ी तबे से हर साल गणपति बप्पा के अपना घरे विराजमान करावेली. संगीता तिवारी किहां ई परंपरा बरीसन से चलल आवत बा. अवधेशो मिश्रा मुंबई अइला का बादे से हर साल भगवान् गणेश के पूजा अर्चना करेलें. निर्देशक जगदीश शर्मा का घरे त एह परंपरा के पचास साल से अधिका हो गइल बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts