गणपति के भक्त हई रिंकू घोष
-

Rinku-Ganapatiभोजपुरी, हिन्दी सिनेमा आ छोटको परदा के चर्चित नायिका रिंकू घोष भगवान गणपति के भक्त हई. रिंकू घोष एह घरी कलर्स के शो ‘मिसेज पम्मी प्यारेलाल’ में लोग के दिल जीतत बाड़ी. उनकर कहना बा कि आजु एहिजा ले चहुँपावे का पीछे भगवान गणेश के आर्शीवादे खास बा.

पिछला दिने ‘मिसेज पम्मी प्यारेलाल’ के शूटिंग के व्यस्तता का बावजूद ऊ अभिनेत्री राखी सावंत के घरे जा के भगवान गणपति के दर्शन पूजा कइली. ऊ रवि किशन का घरहू गइली आ ओहिजो गणपति के पूजा कइली.

सुखकर्ता दुखहर्ता भगवान गणेश के भक्त रिंकू बचपने से भगवान गणपति के आपन आराध्य देव मानेली. आ उनुका पूरा उम्मीद बा कि भगवान गणपति का कृपा से ऊ आपन मंजिल जरूर पइहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts