चाणक्य राष्ट्रीय विधि विश्वविद्यालय के छात्र अनशन पर
-

बिहार के प्रतिष्ठित चाणक्य नेशनल लॉ युनिवर्सिटी के छात्र कैंपस प्लेसमेंट ना होखला का विरोध में अनशन पर बइठल बाड़े. एह लॉ युनिवर्सिटी में विद्यार्थियन के चयन राष्ट्रीय स्तर पर करावल प्रेवेश परीक्षा क्लैट का माध्यम से होला. ओकरा बावजूद स्थानीय प्रबन्धन के कमजोरी का चलते पहिला बैच के दस गो छात्र अनशन पर बइठल बाड़े. ओह लोग के शिकायत बा कि अबही ले कवनो कंपनी प्लेसमेंट खातिर नइखे चहुँपल.

बतावत चलीं कि देश के हर लॉ युनिवर्सिटी में एगो प्लेसमेंट सेल होला जवना के कामे ह देश के प्रतिष्ठित कंपनियन आ संस्थानन से संपर्क कर के ओह लोग के अपना कॉलेज में बोलावल आ अपना विद्यार्थियन के बढ़िया नियोजन करावल. बाकिर इहो साँच बा कि हर प्लेसमेंट सेल अपने तरह से काम करेला. कुछेक दोसरा लॉ युनिवर्सिटियन के प्लेसमेंट सेल अपना चहेता विद्यार्थियन के बढ़िया जगह लगवावे में कवनो कसर ना छोड़े बाकिर आम विद्यार्थियन के कवनो चिन्तो ना करे. कई जगहा एह चलते असंतोष बा अंतर अतने भर बा कि पटना के विद्यार्थी अनशन पर बइठल बाड़े.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts