चार गो राज्य के विधानसभा चुनाव पर रायशुमारी
-

नयी दिल्ली. 21 नवंबर (वार्ता) समय टीवी नेटवर्क आ हब पल्स का ओर से करावल एगो सर्वे में होखे वाला चार राज्य विधान सभा के चुनावन में जबर्दस्त मुकाबला देखे के मिल सकेला. मध्य प्रदेश आ राजस्थान में भाजपा. के सरकार बनत बुझात बा त छत्तीसगढ आ दिल्ली में दुनु का बीचे काँटा के मुकाबला होखत लउकत बा.

एह रायशुमारी से लागत बा कि मध्य प्रदेश में शिवराज सिंह चौहान के नेतृत्व वाली भाजपा 124 सीट जीत के लगातार तिसरका बेर सरकार बनाई. एहिजा कांग्रेस के 94 सीट मिलत लागत बा. भाजपा के राज्य के 37 फीसदी मतदातन के समर्थन बा त कांग्रेस के 34 फीसदी के. शिवराज अबहियो राज्य के सबसे पसंदीदा मुख्यमंत्री उम्मीदवार बाड़े आ मध्य प्रदेश के 53 फीसदी जनता नरेन्द्र मोदी के प्रधानमंत्री बनत देखल चाहत बिया. राहुल गाँधी के पसंद करे वाला 30 फीसदी बाड़े.

राजस्थान में वसुंधरा राजे का नेतृत्व में भाजपा के सरकार के वापसी लउकत बा. एहिजा भाजपा के 200 में से 103 सीटें मिलत लागत बा. कांग्रेस 79 सीटों पर बिटुरा के रह जाई. मुख्यमंत्री के रूप में वसुंधरा के 45 फीसदी लोग चाहत बा त मौजूदा सीएम अशोक गहलोत के 31 फीसदी लोग पसंद करत बा. एहिजा पीएम पद के रेस में नरेन्द्र मोदी के 56 फीसदी लोग चाहत बा त राहुल गांधी के 32 फीसदी लोग.

छत्तीसगढ विधानसभा चुनाव में रमन सिंह के नेतृत्व वाली भाजपा सरकार खातिर लगातार तिसरका बेर सरकार बनावल आसान नइखे लागत. एहिजा भाजपा के 46 सीट मिलत लउकत बा त कांग्रेस के 42 सीट. हालांकि मुख्यमंत्री के पसंदीदा उम्मीदवार खातिर रमन सिंह के 43 फीसदीलोग पसंद करत बा त अजीत जोगी के 31 फीसदी लोग. एहिजा पीएम पद पर 45 फीसदी लोग भाजपा के नरेन्द्र मोदी का साथे बा त 21 फीसदी लोग राहुल गाँधी का साथे.

दिल्ली के चुनाव सबले अजुराइल लागत बा. आम आदमी पार्टी का चलते सगरी समीकरण बिगड़त लउकत बा. एहिजा मुख्य मुकाबिला कांग्रेस आ भाजपा का बीच होखला का बावजूद आम आदमी पार्टी एहिजा त्रिशंकु विधानसभा बनवा सकेले. एहिजा भाजपा के 32 सीट, कांग्रेस के 31 सीट आ !एएपी के छह सीट मिलत लागत बा. मुख्यमंत्री का दौड़ में 26 फीसदी लोग के पसंद शीला दीक्षित सबले आगे बाड़ी. विजय गोयल के 22 फीसदी लोग आ अरविंद केजरीवाल के 19 फीसदी लोग सीएम बनावल चाहत बा. भाजपा के डा. हर्षवर्धन के 14 फीसदी लोग सीएम के तौर पर पसंद करत बा. एहिजा पीएम का रेस में नरेन्द्र मोदी ला 45 फीसदी लोग आ राहुल गांधी ला 29 फीसदी लोग बा. सात फीसदी लोग मनमोहन सिंह के पसंद करत बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts