‘तेरे नाम’ फिलिम के सगरी इलेक्ट्रानिक राइट खरीदलसि आर्या म्यूजिक
-

TereNaam-posterभोजपुरी सिनेमा संगीत के क्षेत्र में व्यवसाय के नया आयाम देबे वाली म्यूजिक कम्पनी आर्या म्यूजिक ( ए यूनिट ऑफ़ सासपीओ ग्रुप) अभय सिन्हा के परोसल आ अजय श्रीवास्तव अउर विनय तिवारी के बनावल भोजपुरी फिलिम ‘तेरे नाम’ के ऑडियो वीडियो समेत सगरी इलेक्ट्रानिक राइट खरीद लिहले बिया. फिलिम के सैटेलाइट राइट श्री दुर्गा ट्रेडिंग के नाम से लीहल गइल बा.

फिलिम ‘तेरे नाम’ के सह निर्माता संजय मिश्रा, संगीतकार राजेश-रजनीश, गीतकार प्यारेलाल यादव आ बिपिन बहार, पटकथा आ संवाद लेखक सुरेन्द्र मिश्रा, छायांकनकर्ता हीरा सरोज, संकलनकर्ता जीतेन्द्र सिंह (जीतू), नृत्य निर्देशक राम देवन, आ कार्यकारी निर्माता कमलेश चौहान हउवें.

मुख्य कलाकारन में खेसारी लाल यादव. मोनालिसा, विनय तिवारी , सीमा सिंह आ राज प्रेमी वगैरह बाड़ें.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts