ददरी मेला के जमीन पर भूमाफियन के लागल बा गिद्धनजर
-

बलिया। ऐतिहासिक ददरी मेला जहंवा लागेला ओहि जमीन पर भूमाफियन के गिद्धजनर लागि गइल बा। प्रशासन के रोकला के बादो एहि इलाका में मकानन के बनावल जारी बा। एहि मामिला में नगरपालिको उदासीन बाटे। खाली जवले मेला रहे तब ले निर्माण  के काम बन्द रहल बाकी फेरू बहुत लोग अपना काम में लागि गइल बा आ एहि ओर के जमीन खूबे मंहगा बिकाति बा ओ लोग बिना नकसा पास करववले घर बनावे लागल बा। नगरपालिका आ प्रशासन के लोगन के एहि ओर धियान दीहल बहुत जरूरी बा नाही त आगे आवे वाला साल में ददरी मेला के लागे के जगहियो ना मिली।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts