दिघवारा में सीतलपुर बाजार के एगो नवही के अपहरण
-

दशहरा का दिने घर से निकलल सीतलपुर बाजार के अभय राय के पता नइखे लागत आ उनका बड़ भाई के शिकायत पर पुलिस गुमशुदगी के रिपोर्ट लिख के जाँच करत बिया. अनेसा बा कि अभय राय के अपहरण हो गइल बा काहे कि उनकर दुनू मोबाइल बंद मिलत बा. शनिचर का भोर में इलाका के सैकड़ो लोग दिघवारा थाना पहुँचल आ सीतलपुर बाजार के बंद क दीहल. तीन घंटा का बाद पुलिस के भरोसा दिहला का बाद बाजार खोलल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts