‘धनिया के थाना’ में रिंकू घोष का साथे अभिषेक गिरी
-

इलाकाई सिनेमा का विकास का साथ-साथ तमाम कलाकारन के आपन प्रतिभा देखावे के मौका मिलल बा. पहिले फिलिम में काम पावल नाके चना चबावल जइसन होत रहे, लेकिन जवत तरह सेटेलाइट चैनल का साथ-साथ भोजपुरी जइसन इलाकाई भाषा वाला फिल्मन के बढ़न्ती भइल बा ओहसे तमाम कलाकारन के संघर्ष पहिले का बनिस्बत कम हो गइल बा. अगर आपके अंदर टैलेंट बा त आपके केहू रोक ना सके. अइसने एगो युवा बाकिर प्रतिभावान अभिनेता हउवे अभिषेक गिरि जे बिहार के सिवान जिला के रहे वाला हउवे.

अभिषेक गिरि के फिलिम में काम करे के सबले पहिला मौका निर्देशक शशि शेखर के भोजपुरी फिलिम ‘दिल के बंधन’ में मिलल. एकरा बाद एगो बड़हन मौका अभिषेक गिरि के मिलल बा ‘हमनी भोजपुरिया चैनल’ के धारावाहिक ‘धनिया के थाना’ में. एह धारावाहिक में अभिषेक गिरि भोजपुरी सिनेमा के चर्चित अभिनेत्री रिंकू घोष का साथे काम करत बाड़े.

सिनेमा आ धारावाहिकन में मिलल शुरुआत से अभिषेक गिरि बेहद उत्साहित बाड़न, ऊ अपना के कवनो खास इमेज में बन्हले बिना हर तरह के किरदार कइल चाहत बाड़े जवना से कि एगो कलाकार का तौर पर उनुकर अभिनय प्रतिभा का अधिका विकास होखे.


(स्रोत : समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts