धूम धाम से लॉन्च भइल "गंगादेवी" के फर्स्ट लुक
-

ढेरे दिन से सुर्खियन में रहल निर्माता दीपक सावंत आ निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के भोजपुरी फिलिम “गंगा देवी” के फर्स्ट लुक मीडिया क सोझा लॉन्च कइल गइल. एह मौका पर फिल्म से जुड़ल सगरी सदस्यन दिनेशलाल यादव निरहुआ, पाखी हेगड़े, गिरीश शर्मा, संगीतकार मधुकर आनद, कोरियोग्राफर पप्पू खन्ना के अलावा सैकड़ों मीडिया कर्मी मौजूद रहले. समारोह के ख़ास आकर्षण रहलन बॉलीवुड के बैड मैन गुलशन ग्रोवर जे पहिला बेर एह फिलिम से सिनेमा भोजपुरी में आपन डेग बढ़वले बाड़े. एकरा अलावे एह फिलिम में अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन के जोड़ीओ पहिला बेर भोजपुरिया दर्शकन का सोझा होखी.

निर्माता दीपक सावंत क मुताबिक़ उनुकर फिल्म भोजपुरी दर्शकन के पहिला बेर उनुका वास्तविक समस्यन से रू-ब-रु कराई. निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के मुताबिक़ “गंगा देवी” समाज में औरतन के स्थितियन के चित्रण कइले बिया.

फर्स्ट लुक लॉंचिंग का एह मौका पर गुलशन ग्रोवर भोजपुरी समाज के शान में खूब कसीदा गढ़ले आ फिल्म बनत घरी अपनावल सहयोगी रुख ला अपना साथी कलाकारन से आभार जतवलें. सामाजिक मुद्दा पर बनल फिल्म “गंगा देवी” के बेसी से बेसी दर्शकन ले चहुँपावे खातिर एह फिल्म के हिदी संस्करण “श्रीमती नेताजी” के नाम से रिलीज होखे वाला बा.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts