नकली तेल बनावे वाला दू गो अपराधी गिरफ्तार
-

देवरिया 27 अक्टूबर (वार्ता) देवरिया जिला के सलेमपुर कस्बे मे बचवन के मालिश वाला नकली तेल बनावे के कारोबार के भण्डाफोड करत पुलिस एगो सभासद समेत दू जने के गिरफ्तार कइलसि.

पुलिस प्रवक्ता बतवले कि सलेमपुर कोतवाली क्षेत्र के हरैया वार्ड मे ढेर दिन से डाबर कम्पनी के नाम पर नकली लाल तेल बनावल जात रहुवे. कंपनी के आपरेशन मैनेजर कपिल कुमार गाजियाबाद से सलेमपुर पहुंच के तीन दिन ले एकर जाँच कइले. जांच मे नकली तेल बनावे के पुष्टि हो गइल त एकर शिकायत एसपी रविशंकर छबि से कइलन.

ओकरा बाद एसपी के निर्देश पर पुलिस काल्हु देर साँझ हरैया वार्ड मे ओहिजा के सभासद संजय मद्धेशिया के घरे छापा मार के ओहिजा से तेल भरल 500 डिब्बा, 700 खाली डिब्बा आ रैपर, डिब्बा सील करे वाली मशीन बरामद क के संजय आ राजकुमार मद्धेशिया के गिरफ्तार क लिहलसि.

एह बारे मे कंपनी के आपरेशन मैनेजर कपिल कुमार बतवले कि एहिजा बनल तेल पातर रहुवे आ नकली तेल के रैपर आ कंपनी के रैपरो में फरक रहुवे आ डिब्बा आ ढक्कनो मे बदलाव रहे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts