‘नगीना’ फिलिम के ऐतिहासिक मुहर्त भइल
-

Nagina-muhurt
पिछला दिने साईंदीप फिल्म्स के बैनर में बने जात फिलिम ‘नगीना’के मुहर्त बहुते धूम-धाम से मुम्बई के ओशिवरा के ट्रायो डिजिटल स्टूडियो में कइल गइल.

मुहर्त क मौका पर आनेके नामी हस्ती मौजूद रहलें जवना में फायनांसर दुर्गा प्रसाद, धीरेन्द्र चौबे, इन्दर पाजी, कलाकार मनोज पाण्डेय, अंजना सिंह, संजय पाण्डेय, डिस्ट्रीब्यूटर प्रदीप सिंह (भईया), राजेश सिंह, बिट्टू सरदार, लेखक संतोष मिश्रा, सिंगर कल्पना, इंदु सोनाली वगैरह शामिल रहलें. सभे फिलिम के सफलता ला आपन शुभकामना दीहल.

एह अवसर पर एह फिलिम के निर्देशक राजकुमार पाण्डेय अपना फिलिम के गाना प सभका के नचवले. नाचेवालन में प्रदीप सिंह(भईया ), राजेश सिंह, बिट्टू सरदार, रिंकू घोष, अंजना सिंह दुर्गा प्रसाद, आ धीरेन्द्र चौबे शामिल रहलें.

भोजपुरी फिलिमन जानल-मानल निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय अपना सुपरहिट फिलिम ‘देवरा भईल दीवाना’के बाद ‘नगीना’ के निर्देशन करे जात बाड़ें. कलाकारन में प्रदीप सिंह (चिंटू),रिंकू घोष, संजय पाण्डेय के नाम तय हो गइल बा. अउरी कलाकारन के चुने के काम चालू बा. फिलिम के गाना बहुते बढ़िया बनल बाड़ी सँ आ शूटिंग जल्दिए शुरू होखी.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts