निरहुआ के पचासवीं फिलिम होखी ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’
-

nirahuaHindustani
भोजपुरी सिनेमा के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के 50वीं फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचावे ला तइयार हो गइल बा.

आदिशक्ति इंटरटेनमेंट, निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा०लि० अउर राहुल खान प्रोडक्शनस् के पेशकश एह फिलिम में निरहुआ केन्द्रीय भूमिका में बाड़न जिनकर किरदार एगो सोझउक गॅवई नवही के बा. निरहुआ कहत बाड़न कि ई फिलिम मील के पत्थर साबित होखी आ भोजपुरी सभ्यता संस्कृति के बल दीहि. बतावत बाड़न कि ई उनकर पचासवीं फिलिम ह आ एकरा के बढ़िया बनावे ला पूरा यूनिट काम कइले बा. काहे कि निरहुआ चाहत रहलन कि ई फिलिम हर तरह से खास बनो.

प्रवेशलाल यादव आ राहुल खान के बनावल एह फिलिम के निर्देशक बाड़न सतीश जैन. गीतकार प्यारेलाल यादव, संगीतकार राजेश रजनीश, छायाकार सत्यप्रकाश, संपादक संतोष हरावड़े, नृत्यनिर्देशक कानू मुखर्जी आ रामदेवन बाड़े.

मुख्य कलाकारन में दिनेशलाल यादव निरहुआ, नईकी अदाकारा आम्रपाली, संजय पाण्डेय, अयाज खान, किरण यादव, संजय वर्मा, आशा शर्मा, गोपाल राय, असगर, इमरान, राहुल खान, मलिशका वासु, पल्लवी, सोनी शर्मा, रत्नेश बरनवाल अउर पाखी हेगड़े बाड़ी जिनका प एगो खास गीत फिलिमावल गइल बा.

आजुकाल्ह एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम मुम्बई में जोर शोर से जारी बा.


(प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. Anonymous

    My fevaret nirahu

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts