नीचता के हद पार कइलें भोजपुरिया हीरो निरहुआ
-


महतारी का बहिन के नाम के भद गारी देत भोजपुरिया हीरो निरहुआ एगो पत्रकार शशिकांत सिंह के औकात देखावे आ जान से मारे के धमकी दिहले बाड़न.
पत्रकार के गलती इहे रहल कि निरहुआ के हालही में रिलीज फिलिम बार्डर के सफल बतावे से इन्कार कर दिहलें. फिलिम प्रचारक के दावा रहल एह फिलिम का आगे रेस 3 फिलिमो फीक पड़ गइल. आ शशिकांत एह दावा के पोल खोल दिहलें.
भोजपुरी फिलिम वाले ले दही ले दही का अंदाज में अपना हर फिलिम के ब्लाकबस्टर बतावे के आदी हउवें. एह सिनेमन का दुनिया में हर हीरो सुपर हीरो होला आ हर फिलिम सुपर हिट. भोजपुरी प्रेमी होखला का चलते अँजोरिया परिवार के वेबसाइटन पर एह तरह के सामग्री निसंकोच दिहल जाला बाकिर निरहुआ के धमकी वाला रिकार्डिंग सुन के मन अतना घिना गइल कि तय कइले बानी कि अबसे एह हीरो भा एकरा फिलिमन के कवनो चरचा अपना वेबसाइटन पर ना करब.
शशिकांत सिंह जब निरहुआ के बतावे के कोशिश कइलन त अउरी भदाह गारी देत निरहुआ कहलसि कि रिकार्डिंग अपना गा.. में घुसेड़ ले. बस हमरा के पहुँचे दे जब बतावत बानी कि तोर का हाल करब.
शशिकांत सिंह एह मामिला के शिकायत थाना में लिखा चुकल बाड़न. पत्रकार समाजो एह मामिला के लेके निरहुआ का खिलाफ कार्रवाई करे के मांग कइले बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts