पनवाड़ियन खातिर ‘यादव पान भंडार’ के स्पेशल स्क्रीनिंग
-

सिनेमा के इतिहास में पहिला बेर कवनो फिल्म के स्पेशल स्क्रीनिंग के योजना खास कर के पनवाड़ियन खातिर बनावल जा रहल बा. आ ई योजना बनावत बाड़े फिल्म के निर्माता जितेश दुबे. भोजपुरी फिल्म के मेगा स्टार मनोज तिवारी, हॉट एण्ड हीट गर्ल गुंजन पंत आ नंबर वन खलनायक संजय पांडे अभिनीत एह फिल्म में डॉल्वी डिजिटल साउण्ड तकनीक के इस्तेमाल भइल बा. फिल्म के निर्देशित कइले बाड़न अजय कुमार. श्री कृष्णा क्रियेशन के बैनर तले बनल ‘यादव पान भंडार’ पान बेचे वाला पनवाड़ियन का जिनिगी पर बनावल गइल बा.

मनोज तिवारी एह फिलिम एगो नये लुक में लउके जा रहल बाड़े. फिल्म पूरा तरह से पारिवारिक एक्शन आ रोमांटिक रियलटी वाली बिया. गीतकार हउवे श्याम देहाती आ संगीतकार मधुकर आनन्द. एक्शन डायरेक्शन शकील शेख के बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

1 Comment

  1. NAVJOT KR KARN

    yadav paan bhandar ka bahut din se naam sun raha hoon abhi tak release ka date nahin nikla hai

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts