पिछड़ा वर्ग आयोग के संवैधानिक दर्जा देबे खातिर संसद के मंजूरी
-


नयी दिल्ली 06 अगस्त (वार्ता). राष्ट्रीय पिछड़ा वर्ग आयोग के संवैधानिक दर्जा दिआवे वाला 123वां संविधान संशोधन विधेयक के सोमार का दिने राज्यसभा पारित कर दिहलसि. एकरा खातिर भोट करावल गइल बाकिर एकरा विरोध में एकहू वोट ना पड़ल. 145 भोट एकरा पक्ष में पड़ल.

कुछ सांसद आपन संशोधन के प्रस्ताव दिहले रहलें बाकिर बाद में उहो लोग आपन संशोधन वापिस ले लीहल.

लोकसभा एह विधेयक के पिछलके हप्ता आपन मंजूरी दे दिहले रहुवे आ आजु राज्यसभा में पारित हो गइला का बाद अब ई राष्ट्रपति के मंजूरी ला भेजल जाई जहां से मंजूरी मिलल तय बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts