प्रेमांशु सिंह के जनमदिन ‘लाडला’ टीम संगे मनावल गइल
-

PremanshuSinghBdayभोजपुरी सिनेमा के जानल-मानल निर्देशक प्रेमांशु सिंह के जनमदिन भोजपुरी फिलिम ‘लाडला’ के शूटिंग होत जगहा पर पूरा टीम संगे हँसी खुशी मनावल गइल.

प्रेमांशु सिंह के जनमदिन के ई पार्टी उनुका ला सरप्राईज पार्टी रहल जवना के पूरा यूनिट मिल के शूटिंग का सेट पर प्रेमांशु सिंह के सरप्राईज दिहल. सुपर स्टार खेसारी लाल यादव बहुते खुशी से एह सरप्राईज बर्थडे पार्टी के अपना गाना से अउरी आनन्ददायक बना दिहलन.
अभिनेता रंजीत सिंह आ लेखक अउर सह निर्माता नन्हे पाण्डेय, निर्माता निलाभ तिवारी खेसारी लाल यादव आ नेहाश्री के साथ देत प्रेमांशु सिंह के एह जनमदिन पार्टी के यादगार बना दिहले.

सरप्राईज बर्थडे पार्टी से भाव विभोर भइल प्रेमांशु सिंह सभके तहेदिल से शुक्रिया दिहलन.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts