बलिया में गंगा के पानी घटल शुरू हो गइल
-

करीब डेढ़ महीना से जिला में तबाही मचावे वाली गंगा के पानी अब घटल शुरू हो गइल बा बाकिर साथही कटान का चलते बरबादीओ बढ़े लागल बा. पिछला चार दिन में श्रीनगर आ बक्सी गांव में कटान से तीन दर्जन से अधिका मकान नदी का पेटा में समा चुकल बाड़ी सँ. कटान का चोट पर आइल मकानन के घर वाले खुदही जल्दी जल्दी खाली कर के जवने बाचे तवने बचावे में लागल बाड़े.

ओने रामगढ़ के हुकुमछपरा का लगे मंगल का भोरे कटान फेर तेज हो गइल जवना के रोके खातिर प्रशासन का साथही गाँवो के लोग बोल्डर आ माटी भरल बोरिया डाले में लागल बाड़ें.

संतोष बस अतने के बा कि जिला में तीनो नदी, गंगा सरजू आ घाघरा, खतरा के निशान से उपर बहला का बावजूद उतार पर बाड़ी सँ.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts