‘बारूद’ नीरज राज पौडेल के नया पहिचान दिहलसि
-

भोजपुरी सिनेमा में नया नया आइल लोगन में सबले तेजी से नाम उभरल बा नीरज राज पौडेल के. न्यूयार्क में पढ़ल नेपाली मूल के नीरज के भोजपुरी फिल्म के चकाचौंध मुंबई खींच ले आइल. स्टेज शो में प्रोग्राम देबेवाला नीरज पर निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के नजर पड़ल त ऊ नीरज के अपना फिल्म ‘दिलजले’ में ले लिहलें. एह में बढ़िया काम कइला का चलते रमाकांत प्रसाद फेर नीरज के अपना अगिला फिल्म ‘लड़ाई ल अंखियां…’ में शामिल कर लिहलें. एह फिल्म में नीरज के भूमिका प्रेम चोपड़ा शैली के रहल जवना में हास्य आ नकारात्मकता के मेल रहे. नीरज एहू चुनौतीपूर्ण भूमिका के बखूबी निभवलें आ अब नीरज राज पौडेल अपना फिल्, ‘बारूद’ खातिर चर्चा में बाड़न. बारूद नीरज के एगो नया पहिचान बन गइल बा. कहल जात बा कि बारूदो से बड़हन विस्फोट होखे जा रहल बा ‘खून पसीना’ में. एहमें दिनेशलाल आ पवन सिंह का साथे नीरज पौडेल खास भूमिका में बाड़न. इहो रमाकांत प्रसादे के फिलिम ह. एकरा अलावा नीरज के दू गो अउरी फिलिम आवे वाली बाड़ी सँ ‘जान तेरे नाम’ आ ‘भोजपुरिया मजदूर’.


(स्रोत : समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts