‘बाज़ीगर’ बन गइलन पवन सिंह
-

PawanSingh
‘तिरुपति बालाजी मोशन पिक्चर’ के बैनर तर बनत फिलिम ‘बाज़ीगर’ के शूटिंग गुजरात में कइल जात बा. करीब आधा शूटिंग पूरो हो चुकल बा. एह फिलिम के बहुते बड़ बजट ले के बनावत बाड़न महेंद्र पवन सिंह. एह फिलिम में सुपरस्टार रवि किशन आ पवन सिंह एक संगे नजर अइहें.

निर्देशन सनोज मिश्रा करत बाड़ें जे एहसे पहिले अनेके सुपरहिट फिलिम दे चुकल बाड़े. जइसे कि ‘बेताब’, ‘जीरो माइल’, अउर ‘हीरो हीरालाल’. सनोज मिश्रा के कहना बा कि एह फिलिम के उ देखेवालन के पसंद नापसंद धेयान में राखत बनावत बाड़न. एहसे दर्शक एकरा के बहुते पसंद करीहें. एह फिलिम के एक्शन आजु के फिलिमन के तौर तरीका बदल के राख दी. आजु काल्ह भोजपुरी फिलिमन में कॉमेडी आ रोमांस पर जोर होखेला जबकि एहमें भरपूर एक्शन बा.

सह निर्माता शाहनवाज खान, प्रवर सेन, येसामबरे अमूल साखकर, कहानी लेखक मनोज कुशवाहा, गीतकार आज़ाद सिंह, संगीतकार अविनाश झा घुंघरू, कोरिओग्राफर कानु मुख़र्जी, कैमरामेन नीतू इक़बाल सिंह, एक्शन डायरेक्टर हीरा यादव आ ई.पी जीतू सिंह हउवन.

मुख्य कलाकार बाड़ें रवि किशन, पवन सिंह , शुभी शर्मा, अनन्या सरकार, अनूप अरोरा, संजू सोलंकी, अभय राय, सीमा सिंह, राजू रसिया वगैरह.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts