‘बाज़ीगर’ में शुभी शर्मा के बड़ भाई बनलन रविकिशन
-

RaviKishan-Shubhi
बालाजी मोशन पिक्चर के बैनर तर बनत ‘बाज़ीगर’ के शूटिंग मुंबई में चलत बा.एकरा नायकन में सुपरस्टार रवि किशन आ पवन सिंह बाड़न. पिछला दिने कुछ शूटिंग गुजरात में कइला का बाद अब मुंबई में जोर शोर से शूटिंग चलत बा.

रवि किशन आ शुभी शर्मा एह शूटिंग में शामिल बाड़े. बातचीत करत में शुभी बतवली कि एह फिलिम में रवि किशन संगे काम क के बहुते कुछ सीखे के मिलत बा. रवि किशन एह में शुभी के बड़ भाई बनल बाड़न.

शुभी का बारे में रवि किशन के कहना बा कि ‘शुभी बहुते बढ़िया अदाकारा हई आ अपना काम में पूरा मेहनत करत बाड़ी. शुभी के काम देख के कहल जा सकेला कि बहुते आगे ले जइहें शुभी.’

‘बाजीगर’ के निर्देशक हउवन सनोज मिश्रा.

पिछला दिने सीमा सिंह आ पवन सिंह के एगो आयटमो शूट कइल गइल रहे. जवना ला एगो लाजवाब सेट पर खास तौर पर बनवावल ड्रेस रहे सीमा सिंह के.
Seema-Pawan-Bajigar


(संजय भूषण पटियाला, शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts