भोजपुरी परदा पर नया नायिका बनके अइली आम्रपाली
-

Amrapaliएह साल भोजपुरी परदा पर एगो नया नायिका आम्रपाली के एंट्री हो रहल बा, आम्रपाली सुपरस्टार निरहुआ के होम प्रोडक्शन निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा.लि. आ राहुल खान प्रोडक्शन के बैनर तले बनल ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ से भोजपुरी परदा पर एंट्री मारत बाड़ी.

गोरखपुर के रहे वाली आम्रपाली छोटका परदा पर सक्रिय रहल बाड़ी. ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ में आम्रपाली के किरदार माडर्न लडिकी के बा. आ एहमें आम्रपाली के अपोजिट बाड़न सुपरस्टार निरहुआ.

फिलिम के गाना आ रशेज देखि के सभकर कहना बा कि आम्रपाली शानदार काम कइले बाड़ी. ट्रेड पंडितन के मानना बा कि भोजपुरी फिलिमन ला मजगर नायिका बन के उभरीहें आम्रपाली.

निर्माता प्रवेश लाल यादव आ राहुल खान के एह फिलिम के निर्देशक हउवें सतीश जैन. जाने जोग इहो बा कि ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ सुपरस्टार निरहुआ के 50वीं फिलिम हवे.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts