भोजपुरी सिनेमा में सीमा के जवानी के जलवा
-


बालीवुड भलही “शीला के जवानी” पर ठुमकत होखो, भोजपुरी सिनेमा त बस सीमा सिंह के जवानी के किरिया खाला. भोजपुरी फिल्मोद्योग में लोग सीमा के बेहद दिवाना बा आ सीमा कम से कम अस्सी फिलिमन में आयटम डांस कर चुकल बाड़ी. हाल ई बा कि जबे कवनो आयटम नम्बर लिखल जाला, निर्माता निर्देशकन का दिमाग में पहिलका नाम सीमे के आवेला. सीमा सिंह भोजपुरी फिल्म “कहाँ जइब राजा नजरिया लड़ा के” से आपन कैरियर शुरु कइले रही आ ओहि फिल्म खातिर उनुका के “बेस्ट आयटम डान्सर” के खिताबो दिहल गइल रहे. श्रीदेवी आ माधुरी के पसन्द करे वाली सीमा सिंह का परिवार में केहू फिल्मी दुनिया से जुड़ल नइखे. सीमा कहेली कि उनका के नायिको के रोल आफर भइल बा बाकिर ऊ आयटम नम्बर कइल अधिका पसन्द करेली. जवना जवना फिल्म में सीमा के आयटम नम्बर रहल बा सगरी हिट भइल बाड़ी सँ. सीमा सिंह के आवे वाली फिलिमन में “कर्तव्य, खेला, दिलजले, दुश्मनी, रंगबाज राजा, बुलन्दी, जंग, आखिरी रास्ता, नागिन ओर नगीना, तू जान हमार हऊ, यादव पान भण्डार, आ, आपन बेगाना” शामिल बाड़ी सँ. सीमा कहेली कि “शीला के जवानी” गाना लोकप्रिय होखला का बादे जेही उनका के देखेला मुस्कुरा देला. शायद उनका “सीमा के जवानी” याद आ जाला आ सीमो मुस्कुरा के रह जाली.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts