‘महाबली’ मनमोहन तिवारी 9 मई से बिहार में
-

Mahabali - poster
हरफन मौला कलाकार आ हर तरह के किरदार जियतार बना देबे वाला माहिर अभिनेता मनमोहन तिवारी 9 मई से बिहार आ झारखंड के सिनेमाघरन में ‘महाबली’ फिलिम के जरिए आपन मौजूदगी दर्ज करावे जात बाड़न.

ग्लोबल पिक्चर्स के परोसलएह फिलिम ‘महाबली’ के टायटल रोल में मनमोहन तिवारी दर्शकन के सोझा होखीहें. नायिका बाड़ी प्रीति सिंघानिया. निर्माता अरविन्द कुमार आ निर्देशक वेदांत विश्नोई हउवन.

छोटका परदा से घर घर में आपन पहचान बनवला का बाद बड़को परदा पर सामने आ चुकल बिहार के भोजपुरी माटी के ई लाल मनमोहन तिवारी अपना अभिनय के दम पर अपना पहिलके फिलिम ‘रानी चली ससुराल’ से सभे प जादू क दिहले रहलें.

मनमोहन तिवारी छोटका परदा के रियलिटी शो ‘राखी का स्वयंबर’ से घर-घर में आपन हाजिरी बनवला का साथ ही बहुते धारावाहिक, जइसे कि जमुनिया, आरक्षण, प्रतिज्ञा, होंगे न हम जुदा, अनामिका, क्राइम पेट्रोल, सावधान इंडिया वगैरह में अभिनय कइले बाड़न. आजुओ सोनी टी वी के चर्चित धारावाहिक ‘सावधान इंडिया’ आ ‘क्राईम पेट्रोल’ का साथ ही दूरदर्शन पर सोमवार से शुक ले रोज रात 8:30 बजे प्रसारित होखत धारावाहिक ‘पवित्र बंधन’ में अपना अभिनय के जादू बिखेरत बाड़न.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts