मि॰ जुगाड़ूलाल : महुआ टीवी पर हँसे हँसावे वाला धारावाहिक
-

पिछला ६ दिसम्बर से भोजपुरी के लोकप्रिय मनोरंजन चैनल “महुआ टीवी” पर सोमार से बियफे ले रोज रात आठ बजे से “मि॰जुगाड़ूलाल” देखावल जा रहल बा जवन देखेवालन के खूब हँसा रहल बा.

पटकापुर गाँव में एगो परिवार में ढेर जोगाड़ लगवला का बाद जनमल लड़िका के नामकरण का दौरान पंडित जी ओकर नाम जुगाड़ूलाल राख देत बाड़न. साथही एगो भविष्यवाणिओ कर देत बाड़न कि जब ई लड़िका २१ साल के हो जाई तब एकर मुलकात सदी के महानायक से होखी आ उहो एह लड़िका के जुगाड़ू कला के प्रमाणित करीहें. समय गुजरत बा आ जब जुगाड़ूलाल २१ साल के हो जात बाड़न त उनकर मुलाकात सदी के महानायक अमिताभ बच्चन से होत बा. बच्चन के गाड़ी गाँव का सामने गुजरत में बिगड़ जात बिया जवना के जुगाड़ुलाल अपना जुगाड़ से ठीक कर देत बाड़न. ओकरा बाद अमिताभ बच्चन ओकर नाम मि॰जुगाड़ूलाल कर देत बाड़न आ जुगाड़ूलाल के नाम पूरा जवार में फइल जात बा. सभे केहू उनका जुगाड़ के फायदा उठावत बा. कहाये लागत बा कि रांशन का दूकान पर लमहर कतार होखो, परचून का दूकान पर तेल ना मिले, नल में पानी ना आवत होखे, भा बिजुली चल गइल होखे तबो परेशानी के बाति नइखे काहे कि आ गइल बाड़न जुगाड़ूलाल !

एह धारावाहिक के निर्माण अश्विनी धीर कइले बाड़न जे एह से पहिले “आफिस आफिस” आ “लापतागंज” जइसन धारावाहिक आ “अतिथि तुम कब जाओगे” आ “यू मी एन्ड हम” जइसन फिल्म बना चुकल बाड़न. जुगाड़ूलाल के टाइटिल भूमिका प्रणय दीक्षित करत बाड़न आ मुख्य कलाकारन में महेश कवल, प्रिया पाण्डे, सोनाली गुप्ता, जीतु, आ काजल खन्ना के नाम बा. कार्यकारी निर्मात्री महुआ विनीता उपाध्याय हई.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts