यूपी सरकार के आरक्षण नीति का खिलाफ काल्हु इलाहाबाद में बवाल
-

परीक्षा के हर चरण में आरक्षण लगावे के यूपी सरकार का फैसला का खिलाफ प्रतिभागी अदालत के शरण लिहले बाड़े. इलाहाबाद हाई कोर्ट एह बाबत सरकार से कुछ सवाल पूछले बिया जवना के जवाब सोमार २२ जुलाई ले देबे के बा. प्रतिभागियन के विरोध एह बात पर बा कि अब प्रारंभिक परीक्षा, मुख्य परीक्षा, आ साक्षात्कार के तीनो चरण में मंडल आयोग के नियम लगा दिहल गइल बा. एह से एगो खास जाति के फायदा चहुँपावल जात बा. एही विरोध का चलते काल्हु सोमार का दिने प्रतिभागी लोकसेवा आयोग का सोझा प्रदर्शन कइलें आ ओह लोग के सम्हारे, काबू करे का फेर में पुलिस के कई हाली लाठी चलावे पड़ल. प्रदर्शनकारी सड़क पर चलत गाड़ियनो पर आपन खीझ उतरले खास कर ओह गाड़ियन पर जवना पर सपा के झंडा लागल रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts