राकेशे राकेश ओनली राकेश
-

RakeshMisra
ई हम नइखीं कहत. हम त बस ओकर चरचा करत बानी जवन भोजपुरी सिनेमा जगत में भोजपुरी के नयका सुपर स्टार राकेश मिश्रा का बारे मेंं होखत बा. खास कर के उनकर हालिया रिलीज फिलिम ‘दीवानगी हद से’ के मिलल दर्शकन के बड़हन समर्थन का बाद. आजु चारो ओर बस राकेशे मिश्रा के चरचा बा. संगीत कंपनी मुहमांगा दाम पर राकेश मिश्रा के फिलिम खरीदत बाड़ी स आ वितरके लोग ना, महाजनो लोग आपन थैली खोल खोल के बइठल बा.

बिहार में फिलिम रिलीज भइला का बाद सोशल मीडिया पर नायक राकेश मिश्रा आ निर्देशक दिनेश यादव का बारे में बहुते पाजिटिव रिस्पांस मिलल. ट्वीटर पर लिखाइल कि भोजपुरी सिनेमा के एगो अउर सुपर स्टार मिल गइल.

राकेश के पहिला फिलिम दिनेशे यादव के निर्देशन में बनल ‘प्रेम दिवानी’ के कामयाबी का बाद ‘जब प्यार किया तो डरना क्या’ नाम के दुसरकीओ फिलिम कामयाब रहल रहे आ अब जब राकेश के तिसरकिओ फिलिम के कामयाबी उनुका के २०१४ के सुपर स्टारे बना दिहलसि.
Rakesh-PunamDubey-film-poster
राकेश मिश्रा आ पूनम दूबे के फिलिम ‘जब प्यार किया तो डरना क्या’ नेपाल में धूम थ्री फिलिमो के रिकार्ड तूड़ दिहले बावे. बिहार में ई फिलिम पहिलही कामयाबी के सेहरा बान्ह चुकल बिया. एह फिलिम के निर्माण आदि शक्ति इंटरटेनमेंट आ नवेव्यु मल्टी मिडिया के बैनर में दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ किशन खदरिया कइले बाड़े आ निर्देशन रमाकांत प्रसाद के ह.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts