रामनरेश कुशवाहा का गाँवे जा के शोक जतवले अखिलेश
-

प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु सांसद रहल रामनरेश कुशवाहा के निधन का बाद लार स्थित उनका पैतृक आवास पर गइले आ परिवार वालन से आपन शोक जतवले. कहले कि कुशवाहा जी के निधन का बाद गरीबन के मसीहा उठ गइल. ऊ भर जिनिगी दलित, पिछड़ा, गरीब, आ अल्पसंख्यकन ला लड़ाई लड़ले.
एगो साधारण परिवार मे जनमल रामनरेश कुशवाहा पढ़ाई का बाद शिक्षक बन गइले. साल 1977 मे सलेमपुर लोकसभा सीट से जनता पार्टी के टिकट पर सांसद चुनइले आ साल 82 से लेके 87 ले ऊ राज्यसभा सदस्य रहले.
साल 2005 मे मुलायम सिंह यादव के सरकार बनल त रामनरेश यादव के स्वतंत्रता सेनानी कल्याण परिषद के अध्यक्ष बना के राज्यमंत्री के दर्जा दीहल गइल रहे. एह घरी के राजनीतिक हालात पर ऊ बहुते दुखी रहत रहले.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts