सेना भर्ती रैली के तइयारी के जायजा लिहल गइल
-

अगिला 16 अगस्त से गोरखपुर का आरपीएसएफ ग्राउंड रजही पर होखे वाला सेना बहाली रैली के तइयारियन के जायजा बियफे का दिने सेना के अधिकारी जिला प्रशासन संगे बइठका कर के लिहलन. भर्ती निर्देशक जानकारी दिहलन कि हर अभ्यर्थी के आपन अंक पत्र, फोटो पहचान पत्र आ फोटोग्राफ साथे ले आवल जरूरी रही. एह रैली में छह जिला से अभ्यर्थी जुटे वाला बाड़ें आ बहुते बड़हन बीड़ जुटे के अनेसा बा. एह लोग के स्टेशन आ बस स्टैंड से रजही तक ले आवे ले जाए खातिर बस के इंतजाम के जिम्मा संभागीय परिवहन विभाग के दिहल गइल बा. बिजली के इंतजाम गोरखपुर विकास प्राधिकरण के जिम्मे रही.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts