सोनाली के दिवाना सुशील सिंह
-

भोजपुरी के हिट फिल्म प्रतिज्ञा रंग ली चुनरिया तोहरे नाम की से चरचा में आइल अदकारा सोनाली जोशी खातिर अब दिवानगी के दौर शुरु हो गइल बा. उनका खूबसूरती आ मासूमियत देख के सिर्फ पइसा, पावर, आ गोली बंदूक के भाषा समुझे वाला अभिनेता सुशील सिंह प्यार के भाषा सीख डलले. जी हँ, सुशील सिंह अब अदाकारा सोनाली जोशी के दिवाना बन गइल बाड़न.

सुशील सिंह के एह दिवानगी के नजारा देखे के मिली दर्शना आर्ट्स के भोजपुरी फिल्म जाबांज जिगरवाला में. एह फिल्म में भाई, मतलब डॉन के, भुमिका करे वाला सुशील सिंह सोनाली जोशी के दिवाना बन जात बाड़े आ उनका चारो ओर बस सोनालिये लउकत बा. ओकरा खातिर ऊ कवनो हद तक जाये के तइयार हो जात बाड़े बाकिर सोनाली के असल प्रेमी नायक विराज उनका मतलब के पूरा नइखे होखे देत.

दीपक अधिकारी आ लीलाधर नुपानी के बनावल एह फिल्म के निर्देशन निर्मल केसरी कइले बाड़न.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts