हैदर काजमी के ‘लड़ाई’ बिहार में ९ मई के रिलीज होखी
-

NooriShekh-HyderKazmiहाल ही में ‘लड़ाई’ के स्पेशल ट्रायल शो मुंबई के स्टार हाउस थियेटर में कइल गइल जवना के देखे वाला लोग इहे कहल कि ई फिलिम भोजपुरी के रुटीन फिलिमन से अलग बा.

भोजपुरी सिनेमा रियल रंगबाज हैदरकाजमी आ चार्मिंग स्टार विशाल तिवारी के खूनी लड़ाई देखावत एह फिलिम के ९ मई के बिहार आ झारखंड के एक सौ सिनेमाघर में रिलीज कइल जाई. एकर संगीत नरजिश म्युजिक से जारी भइल बा आ पहिलहीं सफलता के डंका बजा चुकल बा. एही फिलिम से मिस फेमिना नूरी शेख पहिला बेर भोजपुरी सिनेमा में अभिनय कइले बाड़ी. दोसरकी नायिका बाड़ी अंजना सिंह. हैदर काजमी मिस फेमिना नूरी शेख से आ विशाल तिवारी अंजना सिंह से रोमांस करत नजर अइहें.

ए स्क्वायर प्रोडक्शन के बैनर तले निर्माता के के तिवारी के एह फिलिम के लेखक-निर्देशक आनंद गहतराज, संगीतकार अमन के श्लोक आ राकेश शर्मा, गीतकार राजेश मिश्रा, वाजिद अली, अउर अरविन्द तिवारी, पटकथा आ संवाद लेखक मनोज पाण्डेय, छायांकनकर्ता नरेंद्र पटेल, नृत्य गुरू संजय कोर्बे, मारधाड़ मास्टर रियाज़ सुल्तान, कला निर्देशक अंजनी तिवारी, एडिटर गोविन्द दुबे, कार्यकारी निर्माता अखिल, आ ध्वनिरिकार्डिस्ट आरीफ आलम खान हउवे.

मुख्य कलाकार – हैदर काज़मी, विशाल तिवारी, अंजना सिंह, माया यादव, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, सोनू झा, देव सिंह, साहिल शेख, प्रीती सिंघानिया, राहुल श्रीवास्तव, इमरान अली, वगैरह का साथे नवोदित मिस फेमिना नूरी शेख आ मिस्टर इंडिया डैनी शेहरावत. आइटम डांस प्रीति सिंह आ प्राची के बा.

जाने जोग इहो ह कि आमिर खान का तरह हैदर काजमीओ साल में एके दू गो फिलिम करेलें बाकिर जवन करेलें तवन सालिड होले. ‘रंगबाज’ आ ‘कालिया’ के कामयाबी एकर उदाहरण बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, अउर रामचंद्र यादव के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts