‘साजन जी सांची पिरितिया हमार’ के गाना फिल्मावल गइल
-

मैथिली फिल्म ‘सजना के अंगना में सोलह सिंगार’ के अपार सफलता का बाद संदीप क्रियेशन के दूसरकी भोजपुरी फिलिम ‘साजन जी सांची पिरितिया हमार’ के एगो गाना पिछला दिने रसियन विला में रिंकू घोष आ ग्रुप डांसर पर फिल्मावल गइल. एह गाना के नृत्य निर्देशन बाली कइलें.

निर्माण, परिकल्पना आ संवाद संदीप झा के, लेखन, संगीत अउर निर्देशन मुरलीधर के, गीतकार हउवे मुरलीधर, एस. कुमार, शिवनाथ यादव आ सियाराम ‘सरस’, कैमरामैन यूसुफ खान, संकलन विभूति भूषण, मारधाड़ रौशन श्रेष्ठ, नृत्य केदार सुब्बा एवं कार्यकारी निर्माता घनश्याम मिझार। मुख्य कलाकारों में राहुल सिन्हा, राखी त्रिपाठी, शिव आर्यन, राजीव सिंह, लल्लन सिंह, विनीत झा, विनोद ग्वार एवं मुरलीधर हैं। फिल्म के प्रस्तुतकर्ता पंडित नित्यानंद झा हैं।


(समरजीत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts