महुआ निकलल कलाकारन का तलाश में

भोजपुरी टीवी चैनल महुआ टीवी आपन इतिहास दोहरावे जा रहल बा. “सुर संग्राम” आ “डांस संग्राम” के मिलल अपार सफलता आ ओह रियलिटी शोअन से मिलल कलाकारन के आज सभे जाने लागल बा. एही कड़ी में अबकी महुआ माटी से जुड़ल कलाकारन के तलाश में निकलल बा जवना लोग के अभिनय के दुनिया में उतारल जाई.

महुआ टीवी अपना एह खोज के नाम दिहले बा ” कलाकार खोज अभियान”. महुआ के प्रोग्रामिंग हेड कमलेश कुंती सिंह, जे हिन्दी सीरियल लेखन में एगो बड़हन नाम हउवें, के कहना बा कि बिहार आ यूपी में अबिनय प्रतिभा भरल पड़ल बा. अब ओह कलाकारन खातिर ई एगो बड़हन मौका बा जब किस्मत खुद ओह लोग के
दरवाजा खटखटाये के फैसला कइले बा. जरुरत बा कि लोग बढ़ चढ़ के एह कार्यक्रम में हिस्सा लेबे आ आपन प्रतिभा के निखरे आ सामने आवे के मौका देव.

कलाकारन के खोज के एह आडिशन में हर उम्र के कलाकार शामिल हो सकेलें. आडिशन के जज रहीहें कमलेश कुंती सिंह, कार्यकारी निर्मात्री विनिता उपाध्याय, आ चैनल के वरिष्ठ अधिकारी पंकज तिवारी. आडिशन खातिर प्रतिभागियन के निबन्धन सबेरही से शुरु कर दिहल जाई. नामाकंन का समय आपन दू गो पासपोर्ट फोटोग्राफ आ परिचय प्रमाण पत्र ले आवल जरुरी होखी.

आडिशन के काम पहली अप्रेल के लखनऊ के विधानसभा मार्ग पर चरण होटल में, ३ अप्रेल के गोरखपुर के जटाशंकर चौराहा पर विजय बैंक्वेट हॉल में, ५ अप्रेल के इलाहाबाद के १२४ ए, एम जी मार्ग स्थित होटल साकेत में, ६ आ ७ अप्रेल के बनारस के रामकटोरा में हैप्पी मॉडल स्कूल में, ८ आ ९ अप्रेल के पटना के फ्रेजर रोड पर सूर्या अपार्टमेंट के विश्व संवाद केन्द्र में, १० अप्रेल के राँची के पुरुलिया रोड पर सत्य भारती में आ आखिरी आडिशन ११ अप्रेल के जमशेदपुर के कल्याण निकेतन में लिहल जाई.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

12 Comments

  1. birendra kumar panday

    i love bhojpuri and bhojpuri is not a lunage to us it is our identity i chunnubabusingapuri requesting to all bhojpuri speaking ffeind pls iuse it as much as possible in daily life

  2. MUSTAFA KHAN HERO

    hum batawe ke chaem ki e jawan karayakaam ba hum ah karyakaram me bhag lewe ke chahab

  3. santosh yamraaj

    हमनी कलाकार बा, हमनी के बादे मा खबर पडल बा, की लखनओ मा आडिश हो गईल बा, हमनी से आडिशन छूट गईले बानी, हमनी के बताई हम का करी। हमार इच्छा बहुते रहल की हमनी भी महुआ टी वी से जुडी

  4. OP_Singh

    बंधु,

    कई बेर एह बाति के दोहरावल जा चुकल बा कि पहिलका वेबसाइट अँजोरिया आ पहिलका भोजपुरी टीवी चैनल महुआ का बीच कवनो आपसी संबंध नइखे सिवाय एह बात के कि दुनु भोजपुरी का सेवा में लागल बा. साँच कहीं त महुआ टीवी में केहू से हमार कवनो संपर्क नइखे. महुआ टीवी के समाचार हमरा लगे प्रतिनिधि लोग भेजेला आ उहे समाचार लगावल जाले. कबो कबो कवनो बात हम अपनो से लिखिले.
    रहल बात राउर लखनऊ वाला आडिशन छूटे के त रउरा बनारस वाला आडिशन में शामिल हो सकीले.
    बाकिर अंजोरिया एह मामिला में राउर भा केहू के कवनो सहायता ना कर सके. सभके अपने कौशल आ संपर्क से काम करे के पड़ी.
    राउर,
    संपादक, अँजोरिया

  5. Anand Awara

    ham raua logan ke sath kam kare ke chahat bani.raur ka bichar ba? Hamra number per call kar dem.:+91 9097386899

  6. RITESH RAJ

    HAM RAUA CHANAIL MI KAM KARE KE CHAHA TANI
    BAS AEK MAUKA MILE KE CHAHI
    MY NO-8434487405

  7. Uday Shrivastava

    Pahle ta hum u log ke tahe dil se dhanyabad deve ke chahat bani je e program shuru kare ke sochlakh.

    hum bahut din se intejar karat rani ha ki mahua tv per kaouno audition hokho aa hum ome bhag li

    tab hum jarur bhag lem aur jarur pass ho jayem
    Thank you
    Uday Shrivastava, motihari, +91-8653910704

  8. golu maurya

    Hamra ke mahua chaenal se bhute pyar ba auri hamke bhojpuri bahute psand ba hum suru se bhojpuri acting ke dewana hai aur bhopuriya dance ke hum bhojpuri dance auri acting karila, hum chahtani ki raur humke ek baar mahua Chanel p Aave ke mauka Mile Hmar number 7348550439
    8299828004

  9. vimal singh

    Hamra ke mahua chanel se bahut pyar ba auri hanke bhojpuri bahut pasand ba hum bhojpuri dance karila ham chahtani ki raur humke ek bar mahua chanel p ave ka mauka mile hamar number ba 9889928450

  10. Ashish saxena

    Sir,
    I want to work in film city for any role .it’s my dream .I want to a chance .my hair colour is black .

  11. Vinay Shrivastav

    भोजपुरी सिरियल फिल्म में काम करे के इक्छुक बानी. ये फिल्ड में दुर दुर तक कौनो रिश्ता नाता नईखे. कवनो अनुभव भी नईखे लेकिन काम जबर्दस्त कर सकेनी, अगर चान्स मिलि तब.
    कृपया विस्तार से आपन नियम व शर्त बताइं.

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *